चूड़ी हरी हरी, Chudi Hari Hari (Pawan Singh) Lyrics

"चूड़ी हरी हरी" पवन सिंह और शिवानी सिंह द्वारा गाया गया नवीनतम सुपरहिट भोजपुरी बोलबम गीत है। इस गाने को आशुतोष तिवारी ने लिखा है जबकि संगीत प्रियांशु सिंह ने दिया है। इसे उषा फिल्म्स यूट्यूब चैनल द्वारा जारी किया गया है।
चूड़ी हरी हरी, Chudi Hari Hari (Pawan Singh) Lyrics

चुड़ी हरी हरी - लिरिक्स

बोलबम.. बोलबम..
जय शिव..
अरे..
भर घर ला सामान त सबके आ गईल..
आ जवन हम कहले रहनी ह तवन कहाँ बा ?

हम त अईनी ह देवघर से अबगे
काहे लगलु तू दिया जस भभके
त का करी ?
छूट गईल ह..
सॉरी..
बोलवाई हम ?
तोहार बतिये उतर गईल चीत से
बाकी लईनी ह घर भर ला सबके
अच्छा..
क के तू हमरा से गईल हो बात बड़ी बड़ी
ह त काहे ना जीजा लेयईल हो चूड़ी हरी हरी
अरे काहे ना जीजा लेयईल हो चूड़ी हरी हरी
हमसे मत बात करिये तो..

ओह हो..
जननी ना अपना दीदियो से भारी पड़े लगबु
एगो चुड़िया खातिर साली हमरा से लड़े लगबु
ऐ जीजा दिल साली के टूटल बा
बताव चूड़ी कहवा छूटल बा
बोलिये तो..
तोहरा से आज फरियाईब हो हम लड़ी लड़ी
ह ह काहे ना जीजा लेयईल हो चूड़ी हरी हरी
अरे काहे ना जीजा लेयईल हो चूड़ी हरी हरी
बोलबम.. बोलबम..
जय शिव..

साली हो तोहार गुस्सा नाके प रहता
बोले लागेलु जब सब ताके प रहता
काहे अईसे करेलु हो ?
बाउर राउर लागे मजकिया जी
पवन जी ना चली चलकिया जी
बुझाईल ?
आशु प्रियांशु के मारब हो हम छड़ी छड़ी
काहे ना जीजा लेयईल हो चूड़ी हरी हरी
अरे काहे ना जीजा लेयईल हो चूड़ी हरी हरी
अरे मजाक करत रहनी ह..
ल हई..!
Thank You o Much Jijaji
...
Chudi Hari Hari (Pawan Singh) Lyrics Video

Song Credits:
Song : Chudi Hari Hari
Featuring : Pawan Singh & Astha Singh
Singer : Pawan Singh & Shivani Singh
Lyrics : Ashutosh Tiwari
Music : Priyanshu Singh
Copyright Label : Usha Films
Previous Post Next Post